गूगल क्रोम (अंग्रेजी: Google Chrome) एगो फ्रीवेयरवेब ब्राउजर बा जे गूगल कंपनी द्वारा डेवलप कइल गइल बा। गूगल क्रोम क्रॉस-प्लेटफॉर्म वेब ब्राउज़र हवे। एकर शुरुआत सितंबर 2008 में माइक्रोसॉफ्ट विंडोज खातिर कइल गइल रहे। एकरा के एप्पल वेबकिट आ Mozilla Firefox के मुक्त सॉफ्टवेयर घटकन के आधार पर बनावल गइल रहे। बाद में एकर संस्करण Linux, macOS, iOS, iPadOS आ एंड्रॉइड खातिर भी जारी कइल गइल। एंड्रॉयड डिवाइसन में आज ई डिफ़ॉल्ट वेब ब्राउज़र हवे। ChromeOS के मुख्य हिस्सा भी गूगल क्रोम हवे, जहाँ ई वेब एप्लिकेशन चलावे के मंच के रूप में काम करेला। गूगल क्रोम के अधिकांश स्रोत कोड क्रोमियम नाँव के के गूगल के फ्री आ ओपन सोर्स सॉफ्टवेयर परियोजना से आवेला। हालाँकि, गूगल क्रोम खुद फ्री बाकी प्रोप्राइटरी सॉफ्टवेयर के रूप में लाइसेंस वाला बा। शुरुआत में गूगल क्रोम में WebKit के रेंडरिंग इंजन के इस्तमाल कइल जात रहे। बाद में गूगल एकर आधार पर ब्लिंक नाम के नया रेंडरिंग इंजन बिकसित कइलस। 2017 से iOS के छोड़के गूगल क्रोम के लगभग सभे संस्करण ब्लिंक इंजन के इस्तमाल कर रहल बाड़ें।